पिछला दिने देश के असहिष्णु माहौल के बात करे वाला बालीवुड कलाकार आमिर खान के समय पूरा हो गइला का बाद उनुका के ‘अतुल्य भारत’ अभियान के ब्रांड एम्बेसेडर ना राखल जाई. अब उनुका जगहा मशहूर एक्टर अक्षय कुमार के ब्रांड एम्बेसेडर बनावे के नाम चलत बा. एह काम खातिर बिग बी अमिताभ बच्चन, आ दीपिका पादुकोणे के नामो पर सोचल जात बा.
सोशल मीडिया के चले त अक्षय कुमार के एक मत से एह पद पर राख देव.
ओने खबर आइल बा कि बिग बी एगो शुटिंग करत घरी घवाहिल हो गइल बाड़न आ उनुका पँजरा में चोट लागल बा. बाकिर हालत चिन्ता वाली नइखे.
440 total views, 5 views today