विदेश मंत्री सुषमा स्वराज के सलाह मानत पीएम मोदी मान लिहलन कि ओवरसीज मंत्रालय के विदेश मंत्रालय में मिला दीहल जाव.
अबहीं ई दुनू मंत्रालय अलगा अलगा रहुवे आ विदेश मंत्री सुषमा स्वराज रहली जबकी ओवरसीज मंत्री वीके सिंह. दुनू के अलगा रहला के कवनो जरूरत ना रहुवे बाकिर पिछलकी यूपीए सरकार से चलत आवत सिस्टम एहु सरकार में बरकरार रह गइल रहुवे.