निगरानी जांच ब्यूरो आजु बियफे का दिने पूर्वी चंपारण जिला में मोतिहारी के सर्किल कार्यालय के बड़ा बाबू के दस हजार रुपिया के घूस लेत गिरफ्तार क लिहलसि.
भोजपुर जिला में आरा केन्द्रीय जेल में बंद दू गो अपराधी एगो ठेकेदार से बीस लाख रूपिया रंगदारी म॓गले बाड़न स. बतावल जात बा कि विधायक रहल आशा देवी के रिश्तेदार सुनील सिंह से रंगदारी मांगल गइल बा आ ना दिहला पर उनुका के जान से मार देबे के धमकी दीहल गइल बा. पुलिस एह अपराधियन, दानी यादव अउर बबलू ततवा का खिलाफ केस लिख लिहले बिया.
423 total views, 2 views today