web analytics

रसूलपुर में पढ़ावेवाला मदनपुर के मास्टर के नयागाँव टीसन पर गोली मार के हत्या

जमीन से जुड़ल झगड़ा का चलते अवतार नगर थाना क्षेत्र के कोठियां नरांव पंचायत के मदनपुर गांव के रहेवाला पैंतीस बरीस के अरविन्द कुमार के बुध का सबेरे नयागाँव टीसन पर गोली से भूंज के मार दीहले सँ बदमाश.
नया गाँव के रसुलपुर के हाई स्कूल में पढ़ावेवाला अरविन्द जब नयागाँव टीसन पर इंटरसिटी से उतरलें त पहिलहीं से प्लान बना के आइल तीन गो हत्यारा उनुका पर गोली के बरखा क दिहलें आ उनकर ओहिजे मौत हो गइल. फायरिंग के आवाज सुन के लोग में भगदड़ मच गइल आ लोग जेने तेने भागे निकलल. एही आपाधापी मे तीनो हत्यारा आपन काम पूरा क के आराम से अपना मोटरसाइकिल से भाग निकललें.
एह हत्याकांड से खिसियाइल लोग मेन रोड जाम क दिहल जवना के बहुत मुश्किल से साँझ बेरा हटवावल जा सकल.

 316 total views,  5 views today

%d bloggers like this: