web analytics

राजद विधायक के भाई कोर्ट में सरेंडर कइलन

बलिया के गोन्हिया छपरा के मुन्ना सिंह के हत्या का मामिला में आरोपी दीनानाथ सिंह बुध का दिने छपरा के कोर्ट में सरेंडर क दिहलन. एह मौका पर उनकर भाई आ बनियापुर से राजद विधायक केदारनाथ सिंह समेत अनेके लोग अदालत मे॓ मौजूद रहुवे.
सरंडर का बाद दीनानाथ का तरफ से जमानत के अरजी डालल गइल जवना के अदालत खारिज क दिहलसि.
एही मामिला मे॓ शामिल राजद विधायक केदारनाथ सिंह आ उनुका भतीजा सुधीर सिंह के पहिलहीं जमानत मिल चुकल बा.

 323 total views,  2 views today

%d bloggers like this: