दवाई दुकान के लाइसेंस फीस बढ़ेवाला बा
January 12, 2016
लखनऊ केमिस्ट एसोसिएशन के कहना बा कि केन्द्र सरकार दवाई दुकान खोले खातिर लाइसेंस फीस दसगुना करे जात बिया. जबकि यूपी के ड्रग कंट्रोलर के कहना बा कि उनका लगे अइसन कवनो जानकारी नइखे.
बतावल जात बा कि अब नया दुकान खोले ला तीन हजार का जगहा तीस हजार फीस देबे के पड़ी. नवीकरणो के फीस पांच हजार हो जाए के बात कहल जात बा.
एह खबर के बात सुन के दवाई दुकान वाले परेशान हो गइल बाड़ें.