web analytics

भोजपुरी पट्टी से अपराध आ हादसा के खबर

सोमार का सबेरे गाजीपुर जिला जेल के डिप्टी जेलर संगे एगो कैदी मारापिटी कइलसि जवना का बाद चहुंपल बड़का अधिकारी मामिला शांत करवलें. कैदी अपना गलती खातिर माफी मांग लिहलसि.
जौनपुर जिला में इलाहाबाद जौनपुर रोड पर पुरउपुर नहर का नियरा सोमार का दिने एगो डंपर से कचरा के मोटरसाइकिल से जात दूगो नवहियन के मौत ठांवे पर हो गइल. दुनु नईगंज मोहल्ला के रहलें.
सोनभद्र के कोन थाना के लइकी साथे कुछ दिन पहिले कुकर्म करे वाला दू गो बदमाशन के अतवार का दिने पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
चंदौली के चंधासी कोयला मंडी में सोमार का दिने छितमपुर गांव के एगो मजदूर के मौत ट्रक से कचरा के हो गइल.
गाजीपुर के जंगीपुर थाना का लगे सोमार का दिने सड़क हादसा में एगो विद्यार्थी के मौत हो गइल.
आजमगढ़ के निजामाबाद इलाका के डोड़ोपुर गांव के एगो आदमी के सोमार का सबेरे गोली मार के जान ले लिहल गइल. पुलिस के कहना बा कि गांव के प्रधान से ओकर झगड़ा जमीन लेके रहुवे.
बलिया के नगरा आ भीमपुरा के पुलिस अतवार के रात सात गो डकैतन के साजिस रचते घरी ध लिहलसि. बाकिर ओकनी के चार गो संघतिया भाग निकले में सफल हो गइले सँ.

 352 total views,  5 views today

%d bloggers like this: