बिहार के मंत्री कोर्ट में सरेंडर कइलन
January 14, 2016
रोहतास जिला से आवे वाला आ बिहार के उद्योग मंत्री अउर स्थानीय विधायक जय कुमार सिंह काल्हु सासारास के अदालत में सरेंडर क दिहलन जवना का बाद अदालत उनुका के जमानतो दे दिहलसि. मारपीट के ई मामिला पुरान हवे बाकिर पहिले उ अदालत में हाजिर ना होत रहलन.
एगो दोसर खबर बा कि सासाराम के जिलाधिकारी अनिमेष कुमार पराशर काम में लापरवाही बरते वाला शिवसागर के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र प्रभारी के वेतन भुगतान पर रोक लगा दिहलन.
ओने आरा सदर अस्पताल में इमरजेंसी में एगो मरीज के मौत का बाद ओकर घरवाले अस्पताल में जम के बवाल कटलें. बाद में पुलिस आ के हालात पर काबू पवलसि.