web analytics

बिहार के हालात से डेराइल कंपनियन के ढाढ़स दिहल गइल

बिहार के उप मुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव काल्हु सड़क बनावे वगैरह का काम में लागल कंपनियन के ढाढ़स बतावत कहलन कि डेरइला के जरुरत नइखे आ ओह लोग के पूरा सुरक्षा दीहल जाई.
तेजस्वी यादव कंपनियन के प्रतिनिधियन आ ठेकेदारन से सुरक्षा इंतजाम पर चरचा करत रहलन.
पिछला 26 दिसम्बर के दरभंगा में दूगो इंजीनियरन के हत्या कर दिहल गइल रहुवे. एकरा अलावे सारण सहित कई जगहा रंगदारी मांगे जाए आ हमला वगैरह का चलते कंपनी काम बंद करे लागल रहली सँ.
बिहार के पुलिस महानिदेशक पी.के. ठाकुर राज्य के कानून-व्यवस्था खुदे देखे समुझे खातिर अचके कवनो थाना चहुँप के निरीक्षण करे के बात कहले बाड़न.

 245 total views,  5 views today

%d bloggers like this: