महिला फुटबॉल के फाइनल में पश्चिम चंपारण आ सिवान में मुकाबला आज
January 14, 2016
बक्सर में होखत 10वीं बिहार राज्य सीनियर महिला फुटबॉल के फाइनल मैच आज दुपहरिया एक बजे से किला मैदान में पश्चिम चंपारण आ सिवान के टीमन का बीचे होखे वाला बा.
काल्हु भइल दुसरका सेमीफाइनल में सिवान के टीम पटना टीम के एक गोल से हरा दिहलसि. पटना टीम कवनो गोल ना कर सकल.