Go to ...
RSS Feed

बिहार बोर्ड के नकलचियन पर जुर्माना लगावल जाई


बिहार बोर्ड के मैट्रिक अउर इंटर परीक्षा में नकल करत पकड़इला पर नकलची पर दू हजार से बीस हजार ले जुरमाना लगावल जाई आ ओकरा के इम्तिहान से निकालियो दीहल जाई.

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के अध्यक्ष लालकेश्वर प्रसाद सिंह के कहना बा कि नकल रोके ला सगरी इन्तजाम कइल जा रहल बा. अगर कवनो केन्द्र पर नकल होखे के शिकायत मिलल त ओह केन्द्र के परीक्षा रद्द क दीहल जाई.

Tags: , ,

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: