web analytics

ब्लाक प्रमुखन के चुनाव 28 जनवरी का दिने

यूपी राज्य निर्वाचन आयोग ब्लाक प्रमुख पद के चुनाव करावे के प्रस्ताव पंचायती राज विभाग के भेज दीहले बावे. अब पंचायती राज विभाग एह बारे में अधिसूचना जल्दिये जारी करी.
यूपी के चौहत्तर जिलन में 819 गो ब्लाकन के प्रमुख पद खातिर राज्य निर्वाचन आयोग का तरफ से अधिसूचना 18 जनवरी के जारी होखी. ओकरा बाद सगरी जिलन के जिलाधिकारी 19 जनवरी के जिलावार अधिसूचना जारी करीहें.
25 जनवरी का दिने परचा दाखिला के काम होखी. समय रही सबेरे 11 बजे से उपरी बेरा 3 बजे ले.
दाखिल परचन के जांच ओही दिन क लीहल जाई.
नाम वापसी 27 जनवरी के 11 बजे से लेके 3 बजे ले कइल जा सकी.
नाम वापसी का बाद जहाँ जरूरत होखी तहाँ 28 जनवरी के सबेरे 11 बजे से उपरी बेरा तीन बजे ले वेट करा लीहल जाई. वोच ओही दिने गिना जाई आ परिणामो आ जाई.
ब्लाक प्रमुख चुनाव में 77534 गो चुनाइल क्षेत्र पंच आ पंचायत सदस्य लोग वोट डाल सकी.

 308 total views,  5 views today

%d bloggers like this: