बलिया के सिकन्दरपुर में एगो गहना दुकान में शनिचर रात सेन्ह मार के लाखों रुपिया के गहना आ 31 लाख रुपिया चोरा ले गइलें स चोर.
सहतवार टीसन पर सियाल्दह एक्सप्रेस पर चढ़त घरी गिर पड़ला से बघांव के एगो नवही के मौत हो गइल.
आजमगढ़ के हाफिजपुर का लगे मुबारकपुर के बम्हौर गांव के एगो बाइक सवार नवही के मौत कवनो गाड़ी से कचरा के हो गइल.
मुंबई से कमा के घरे आवत एगो नवही के जहरखुरान आपन शिकार बना लिहलें. बेहोश नवही के मिर्जापुर जिला अस्पताल में इलाज क के बचा लीहल गइत.
वाराणसी के बजरडीहा इलाका के अम्बा मोहल्ला से गायब चार बरीस के बच्ची के लाश दू दिन बाद बगल के इनार से अतनार का दिने निकालल गइल.
277 total views, 5 views today