बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट
दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत.
शुक का दिने रसूलपुर से असहनी लवटत असहनी के सरपंच के पति दिलिप यादव के किडनैप क के हत्या क देबे का मामिला में पुलिस के अबले कवनो सुराग नइखे मिलल. पुरनका मुखिया से पूछताछ करत बिया पुलिस बाकिर कवनो सुराग नइखे मिलत.
गोपालगंज के बरौली इलाका के बलहां गांव में अपना साली से छेड़खानी के विरोध करेवाला अपने छोट भाई के छूरा घोंप के मार दिहलसि बड़ भाई. अपना भवइहो के छूरा मार के घवाहिल क दिहले बा. हत्यारा बड़ भाई फरार हो गइल बा.
सिवान के सराय इलाका के चांप गांव का नियरा अतवार का भोरे एगो बाइक चलावत नवही के मौत ट्रक से कचरा के हो गइल. नवही जसौली गांव के रहुवे.
450 total views, 2 views today