नयी दिल्ली से पटना जात सम्पर्क क्रांति एक्सप्रेस रेलगाड़ी के इंजन में काल्हु भोरे बिजली के शार्ट सर्किट से आग लाग गइल. आग देखते एकरा के मिर्जापुर जिला के अहिरौरा टीसन पर रोक दीहल गइल. दमकल बोलवा के आग पर काबू पावल गइल. इह बीच दोसर इंजन मंगवा के च्रेन के आगे भेजल गइल.
एह हादसा का चलते अढ़ाई घंटा ले इह रुट पर रेलगाड़ियन के आवाजाही बन्द रहल.
एगो दोसर घटना में जौनपुर जिला के जंघई टीसन का लगे पंजाब मेल के हादसा होखे से पहिले बचा लीहल गइल आ टूटल पटरी से कुछ दूर पहिलहीं रोक लीहल गइल. पौन घंटा में पटरी के मरम्मत करवइला का बाद ट्रेन के आगे भेजल गइल.
375 total views, 2 views today