कानून के राज के नीतिशिया दावा का बावजूद लूटराज
January 19, 2016
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के दावा बा कि बिहार में कानून के राज कायम राखल जाई पर जमीनी हकीकत कुछ अउरे बा. काल्हु बिहार में दू जगहा से बीस लाख रूपिया लूट लीहल गइल.
पश्चिम चंपारण के धनहा इलाका में सहवा मधुबनी मेन रोड प स्टेट बैंक का मधुबन शाखा ला कैश ले के जात कैशियर के गोली मार के बीस लाख रूपिया लूट लीहल गइल.
इगो दोसर घटना में सासाराम के काराकाट इलाका में एगो आदमी से 49 हजार रूपिया लूट लीहल गइल.
दुनू लूट का मामिला में कवनो अपराधी के गिरफ्तारी के खबर नइखे.