बिहार के सत्तारूढ़ गोल जदयू के एगो विधायक सरफराज आलम का खिलाफ राजधानी एक्सप्रेस ट्रेन में नई दिल्ली के एगो दंपति से बदसलूकी करे के केस दर्ज भइल बा.
एगो यात्री इन्द्रपाल सिंह बेदी पटना रेल थाना में अररिया जिला के जोकीहाट के विधायक आ उनुका साथियन पर अछरंग लगवले बाड़न कि कटिहार से पटना आवत घरी विधायक ओह लोग से गाली-गलौज अउर मारपीट कइतल.
रेल पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया बाकिर विधायक के गिरफ्तारी नइखे भइत. विधायक के कहना बा कि उ ओह ट्रेन में रहबे ना कइलें आ उनुका के साजिशन फँसावल जात बा.
295 total views, 2 views today