web analytics

ब्लाक प्रमुख चुनाव के अधिसूचना जारी भइल

उत्तर प्रदेश में ब्लाक प्रमुख पद के चुनाव के अधिसूचना काल्हु जारी हो गइल. अब सगरी जिलन के जिलाधिकारी आजु अपना अपना जिला खाति अलग से अधिसूचना जारी करीहें.

निर्वाचन आयोग के अधिसूचना का मुताबिक 5 फरवरी के सबेरे 11 बजे से उपरी बेरा 3 बजे ले नामांकन पत्र जमा कइल जा सकी. ओही दिने एकर जाँचो क लीहल जाई.
6 फरवरी का दिने 11 बजे से 3 बजे का बीच लोग आपन परचा वापिस ले सकी. नाम वापसी का बाद जहाँ जहाँ जरूरी होखी ओहिजा 7 फरवरी के सबेरे 11 बजे से 3 बजे का बीच मतदान करावल जाई. एही दिन वोट के गिनितिओ करा लीहल जाई आ रिजल्टो दे दीहल जाई.

ब्लाक प्रमुखन के चुनाव में सीधे मतदान ना होखे आ चुनाइल क्षेत्र पंचायत सदस्ये वोट डालेलें. एह चलते एहमें धनबल, बाहुबल अउर सत्ताबल के खुला खेल होखेला.

 307 total views,  2 views today

%d bloggers like this: