Go to ...
RSS Feed

विश्वविद्यालयन के काम आनलाइन करावे प जोर


बिहार के विश्वविद्यालयन के कुलाधिपति आ बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविन्द काल्हु राजभवन में आयोजित कुलपतियन के बइठक में एह बात प जोर डललन कि दाखिला, रिजल्ट, आ सर्टिफिकेट अउर डिग्रियन के वितरण में साफगोई ले आवे ला जरूरी बा कि एकरा के आनलाइन करावल जाव. साथही अकादमिक कार्यक्रमन के समय पर आ तय तारीख के हिसाब से करावल जाय. विश्वविद्यालयन के माहौल भयमुक्त बनावल जाय आ पढ़ाई के माहौल बरकरार राखल जाय. कोशिश रहे कि नैक मानदण्ड पर खरा उतरें विश्वविद्यालय.

यूजीसी अध्यक्ष वेदप्रकाश कहलन कि विश्वविद्यालयन के यूनिवर्सल नॉलेज सेंटर का तरह बढ़ावल जाय आ गुणवत्ता से कवनो समझौता ना कइल जाव. प्राध्यापकन के बहाली में उच्च मानदण्डन के पालन होखो. शोध विश्वविद्यालय संस्थापितो करे प जोर दिहलन वेदप्रकाश.

Tags:

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: