अपराध के खबर बिहार के भोजपुरी इलाका से
January 22, 2016
पूर्वी चंपारण जिला के चकिया इलाका से पुलिस एगो अपराधी राम सिंह के गिरफ्तार कइले बिया. ई कुख्यात मनोज सिंह गिरोह के सदस्य बतावल जात बा.
स्टेट बैंक के चकिया शाखा में आठ लाख रूपिया गबन करे का मामिला में बैंक के उप प्रबंधक अखिलेश्वर पांडेयआ एकाउटेंट संजय कुमार समेत तीन गो कर्मचारियन का खिलाफ
थाना में केस लिखावल गइल बा.
सिवान जिला के एमएच नगर इलाका के एगो ईंट भट्ठा मालिक के गोली मारके हत्या क दिहले बाड़े सँ बदमाश.
कैमूर जिला के रामगढ़ इलाका से काल्हु सबेरे एगो मेहरारू के अधजरल लाश मिलल बा.