web analytics

हरलाखी उपचुनाव

बिहार के मधुबनी जिला के हरलाखी सीट से चुनाइल रालोसपा विधायक के मरला का चलते खाली भइल सीट पर होखे जात उपचुनाव ला परचा दाखिला के काम अजु पूरा हो गइल.

काल्हु परचन के जाँच होखी आ 30 जनवरी ले लोग आपन परचा वापिस करा सकी. ओकरा बाद 13 फरवरी के वोटिंग का बाद 16 फरवरी के वोट गिना के काम कइल जाई.

एह सीट पर रालोसपा का तरफ से सुधांशु शेखर कुशवाहा, भाकपा से राम नरेश
पाण्डेय, कांग्रेस से शब्बीर अहमद, आ जन अधिकार पार्टी से अनिता देवी के उम्मीदवार बनावल गइल बा.


(भोजपुरी का डॉट कॉम परिवार के ह टटका खबर डॉट कॉम)

 328 total views,  5 views today

%d bloggers like this: