web analytics

कपड़न के बिक्री पर टैक्स का खिलाफ बाजार बंद

बिहार में शराबबंदी से होखेवाला राजस्व नुकसान के भरपाई करे खातिर सभका प टैक्स लगा दिहल गइल बा. अइसने टैक्सन में शामिल बा कपड़न के बिक्री पर टैक्स.
एह टैक्स का खिलाफ काल्हु से तीन दिन ले सगरी कपड़ा दुकानन के बंद राखे के फैसला कइले बाड़ें व्यापारी. बिहार टेक्सटाईल चैम्बर ऑफ कॉमर्स के प्रधान महासचिव रंजीत सिंह बतावत बाडडन कि एह तरह के टैक्स कवनो राज्य में नइखे. बिहार सरकार के एह फैसला से राज्य के कपड़ा व्यवसायी बरबादी का राह पर ठेला जइहें.
कहलन कि अगर सरकार अपना फैसला के वापिस नइखे लेत त आंदोलन के अउरी तेज कइल जाई.

 323 total views,  5 views today

%d bloggers like this: