डिब्बा पीछे छोड़ इंजन आगे बढ़ गइल
January 28, 2016
छपरा से दिघवारा का बीच नई दिल्ली जात संपर्क क्रांति एक्सप्रेस के इंजन कपलिंक खुलला का चलते कुछ डिब्बन के पीछे छोड़त आगा बढ़ गइल. बाद में इंजन के पीछे ले आ के कपलिंक फेरु जोड़ल गइल आ तब फेरु ट्रेन आगे बढ़ल.
एह चलते करीब एक घंटा ले अप लाइन डिस्टर्ब रहल.