काल्हु बुध का दिने वाराणसी के भारत माता मंदिर पर विश्व भोजपुरी चेतना मंच के आयोजन भोजपुरी पंचायत में दिल्ली से सांसद रहल महाबल मिश्रा कहलन कि अगर संसद के शीतकालीन सत्र में भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता देबे के प्रस्ताव पारित ना भइल त भोजपुर से काशी ले भोजपुरी मार्च पदयात्रा निकालल जाई.
भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे खाति छाती पीटे वाला लोग ओह बातन पर जोर ना लगावसु जवना से एह काम के जमीन तइयार हो सके. भोजपुरी के एगो मानक रूप तइयार करावे आ प्राइमरी स्कूलन में भोजपुरी पढ़ावन जाव एकर व्यवस्था हो जाव त आठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करावे के राह असान हो जाई.
आ इहो एगो सचाईए हवे कि भोजपुरी के एह मान्यता मिले के राह के सबले बड़ बाधा एही इलाका के हिन्दी विद्वान बाड़े.
370 total views, 2 views today