Go to ...
RSS Feed

अयोध्या के राम मन्दिर बनावे के तारीखन के एलान हो गइल


फैजाबाद के मसौधा इलाका के महावा गाँव में होखत रामकथा का मौका पर चित्रकूट के तुलसी पीठाधीश्वर आ रामकथा के मर्मज्ञ जगद्गुरू रामभद्राचार्य एलान क दिहलन कि राम मन्दिर बने से अब केहू ना रोक पाई.
कहलन कि एही साल मन्दिर बने के काम शुरू हो जाई आ 6 दिसम्बर 2018 से पहिले एह काम के पूरा करा लीहल जाई. एह एलान का बेरा रामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्य गोपाल दास मंचे प मौजूद रहलन.
एह बीच द्वारका शारदापीठाधीश्वर शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद सरस्वती के कहना बा कि मंदिर बनावे के काम एकर कानूनी लड़ाई लड़े वाला रामाल. ट्रस्ट छोड़ केहू दोसर ना करा सके. उनकर तर्क बा कि भाजपा राजनीतिक गोल ह, सरकार सेकूलर होले, आ संघ सामाजिक संस्था हवे.

Tags: ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: