भदोही जिला के औराई इलाका में नेशनल हाईवे पर दुपहिया से जात दू गो भाई कार के चपेटा में पड़ के मर गइलें. कारो पलट गइल आ ओकर ड्राइवरो घवाहिल हो गइल.
जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के सरोखनपुर गांव का नियरा दुपहिया से जात महतारी बेटा रोडवेज बस के चपेटा में मर गइलें. तिसरको घवाहिल हो गइल.
औरंगाबाद जिला के पौथू इलाका से सुरक्षा बल सर्च अभियान का दौरान एगो कट्टर नक्सली श्रीधर पाठक के गिरफ्तार कर लिहले.
सासाराम में अतिक्रमण हटावे आइल टीम से लोग अझूराए लागल त पुलिसो आपन पावर बढ़िया से देखा दिहलसि आ कई जने घाहिल हो गइलें.
दरभंगा में दू दो इंजीनियरन के हत्या का मामिला में पुलिस अपराधी संतोष झा के अचल संपत्ति जब्त क लिहलसि.
पश्चिम चंपारण जिला में नेपाल का सीवान प बलथर में सशस्त्र सीमा बल एगो तस्कर के पांच किलो चरस साथे गिरफ्तार क लिहलसि.
औरंगाबाद जिला के देव इलाका में जंगली हाथियन के झुंड आजु एगो नवही के कचार के मुआ दिहलसि.
जमुई जिला के चरका पत्थर इलाका में कल्हुकि रात पुलिस एगो तीस लाख के इनामी नक्सली कमांडर चिराग दादा के मार गिरवलसि.
414 total views, 5 views today