आजादी के लड़ाई के अलख जगाए वाला अमर शहीद मंगल पाण्डेय के जयंती आजु उनुका पुश्तैनी गाँव बलिया के नगवां समेत लखनऊ, इलाहाबाद, वाराणसी, मेरठ, बरेली, आगरा आ जौनपुर समेत अनेके जगहा मनावल गइल.
आजुए महात्मा गाँधीओ के पुण्य तिथि रहुवे आ एह मौका पर देश भर में सगरो सरधांजलि समारोह मनावल गइल. पाकिस्तान ला उनुकर तरफदारी से नाराज हो के नाथूराम गोड्से उनुका के गोली मार दिहले रहलें जवना से ठांवे पर गाँधी जी के मौत हो गइल रहुवे. अदालत में दिहल गोड्से के बयान के बरीसन ले लोग के जाने ना दिहले रहुवे केन्द्र सरकार. काहे कि ओह बयान के पढ़ला का बाद बहुते लोग गोड्से के बात से सहमत हो जाई.
391 total views, 5 views today