गांधी सेतु के बगल में कच्ची दरगाह से बिदुपुर ले बने वाला छह लेन के गंगा सेतु के काम आजु से शुरू हो गइल. वैशाली जिला के राघोपुर में आयोजित समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री
नीतीश कुमार कहलन कि एह पुल के बन गइला का बाद उत्तर आ दक्खिन बिहार का बीच एगो नया सड़क संपर्क हो जाई.
एह समारोह में उपमुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव आ राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद समेत कैबिनेट के बहुते मंत्री मौजूद रहलें.
एह सरकारी समारोह में चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम आ जमानत पर बाहर निकलल लालू प्रसाद के मौजूदगी पर बिहार भाजपा सवाल उठवले बिया. काहे कि लालू ना त मंत्री हउवें ना सांसद भा विधायक.
385 total views, 5 views today