web analytics

हरलाखी उपचुनाव

बिहार के मधुबनी जिला के हरलाखी सीट से चुनाइल रालोसपा विधायक के मरला का चलते खाली भइल सीट पर होखे जात उपचुनाव ला परचा दाखिला के काम अजु पूरा हो गइल. काल्हु परचन के जाँच होखी आ 30 जनवरी ले लोग आपन परचा वापिस करा सकी. ओकरा बाद 13 फरवरी के वोटिंग का बाद 16 … Read more

 338 total views

नक्सलियन के मुकाबला खाति 17 गो नया बटालियन

केन्द्र सरकार देश में 17 गो रिजर्व बटालियन बनावे के एलान कइले बिया. कैबिनेट से एह प्रस्ताव के मंजूरीओ मिल गइल बा. एह बटालियनन में कश्मीर के सिवान प के लोग, आ बाकी राज्यन में नक्सली प्रभावित इलाकन के लोग के प्राथमिकता दे के बहाल कइल जाई. 27 जिलन से नवहियन के एह बहाली ला … Read more

 295 total views

बिहार के भोजपुरी इलाका से अपराध आ हादसा के खबर

बक्सर में आटो पलटला का चलते एक दरिजन लोग घवाहिल हो गइल. घवाहिल लोगन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बेतिया के स्टेट बैंक शाखा से 58 लाख रुपिया चोरी का मामिला में पुलिस एगो गाड़ी के जब्त क के ओकरो में से एक लाख से अधिका रुपिया के नकदी आ एक लाख रुपिया … Read more

 350 total views

मंदिर ढहावे के अदालती आदेश से नाराज बा लोग

पटना उच्च न्यायालय का आदेश पर हाजीपुर शहर में सड़क पर बनल एगो मंदिर के पुलिस प्रशासन हटा दिहलसि. एह से नाराज सैकड़ो लोग बागमली मुहल्ला में जमा हो गइल बा. कवनो बवाल के रोके ला ओहिजा बहुते पुलिस लगा दीहल गइल बा.  298 total views

 298 total views

शान से मनल 67वां गणतंत्र दिवस

देश के 67वां गणतंत्र दिवस आजु आन-बान शान का साथे देश भर में मनावल गइल. दिल्ली के राजपथ पर भइल मुख्य समारोह में पहिला बेर कवनो विदेशी सेना परेड में शामिल भइल. मुख्य अतिथि रहलन फ्रांस के राष्ट्रपति फ्रांस्वा ओलांद आ परेड में शामिल भइलें फ्रांस के सैनिक. राजपथ पर भइल परेड में भारत के … Read more

 70 total views

उदित नारायण आ मालिनी अवस्थी के पद्म पुरस्कारन ला चुनल गइल

भोजपुरी गायक उदित नारायण आ लोक गायिका मालिनी अवस्थी के एह साल के पद्म पुरस्कारन ला चुनल गइल बा. उदित नारायण के पद्मभूषण आ मालिनी अवस्थी के पद्मश्री पुरस्कार दिहल जाई. पद्म पुरस्कार के तीन गो श्रेणी होला – पद्म विभूषण, पद्म भूषण, आ पद्मश्री. पद्म विभूषण के सम्मान देश के नागरिक सम्मानन में भारत … Read more

 135 total views

मनोज तिवारी के शानदार खेल का चलते बंगाल टाइगर पर भोजपुरी दबंग के जीत

मनोज तिवारी पहिला बेर सीसीएल में मैन आफ द मैच. आदित्य ओझा बेस्ट एनरजेटिक प्लेयर आफ द मैच. सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग के पहिला मैच काल्हु बंगाल टाइगर टीम से भइल जवना में टीम के कप्तान आ भोजपुरी फिलिमन के मेगास्टार अउर सांसद मनोज तिवारी, आदित्य ओझा अउर प्रवेश लाल यादव के शानदार खेल का बदौलत … Read more

 126 total views,  2 views today

अपराध के खबर बिहार के भोजपुरी इलाका से

पूर्वी चंपारण जिला के चकिया इलाका से पुलिस एगो अपराधी राम सिंह के गिरफ्तार कइले बिया. ई कुख्यात मनोज सिंह गिरोह के सदस्य बतावल जात बा. स्टेट बैंक के चकिया शाखा में आठ लाख रूपिया गबन करे का मामिला में बैंक के उप प्रबंधक अखिलेश्वर पांडेयआ एकाउटेंट संजय कुमार समेत तीन गो कर्मचारियन का खिलाफ … Read more

 382 total views

देश के सबले सुविधासंपन्न ट्रेन होखी महामना एक्सप्रेस

वाराणसी से दिल्ली का बीच हप्ता में तीन दिन – मंगल, बियफे आ शनिचर – के चलेवाला एह ट्रेन के उद्घाटन वाराणसी में पीएम का हाथे भइला क बाद जौनपुर में ओहिजा के सांसद केपीओ सिंह झंडी देखा के रवाना करइहें. एह ट्रेन में 18 गो डिब्बा रही. चार गो जनरल बोगी, एगो सेकंड एसी, … Read more

 257 total views

पीएम मोदी आजु वाराणसी आ लखनऊ अइहन

पीएम मोदी के आजु वाराणसी आ तखनऊ यात्रा के कार्यक्रम तय बा. दुनू जगहा सुरक्षा के चौकस इंतजाम कइल गइल बा. कवनो प्रधालमंत्री 13 बरीस बाद तखनऊ आवेवाला बाड़न. 13 बरीस पहिले अटल बिहारी बाजपेयी जी आइल रहनी. पीएम सबसे पहिले वाराणसी चहुँपिहें जहवाँ डीरेका के समारोह में दिव्यांगन के उपकरण, विधवावन के सिलाई मशीन … Read more

 312 total views

यूपी में पॉलिथिन बैग पर रोक लागू

काल्हु 21 जनवरी से यूपी में हर तरह के पॉलिथिन बैग पर रोक लागू हो गइल. अब एकरा के बनावे, राखे, इस्तेमाल करे, बेचे, बाहर से मंगावे वगैरह के अपराध मानल जाई आ पाँच बरीस ले जेल जाए पड़ सकेला भा एक लाख रपिया जुर्माना लाग सकेला. बाकिर दूध के पैकेट, मट्ठा, ब्रेड, नमकीन वगैरह … Read more

 322 total views

बिहार में गंगाजल के दौर लवटे के आहट

पटना के रूपसपुर इलाका के महुआबाग में बैंक लूटे आइल चार गो बदमाशन में से एगो जनता का हाथे लाग गइल आ लोग जे बा से कि ओकर हाथे काट दीहल. पुलिस अब ओह बदमाश के हिरासत में लेके अस्पताल में भरती करा के इलाज करावत बिया आ मामिला के छानबीन करत बिया. पिछला बेर … Read more

 310 total views

गाजीपुर में 25 गो डेयरी

गाजीपुर जिला में पचीस गो कामधेनु डेयरी खोले के फैसला कइल गइल बा. एह बात के जानकारी देत ओहिजा के जिलाधिकारी के कहना बा कि हर डेयरी पर 27 लाख के खरचा आई जवना में से महज चउथाई पूंजी डेयरी लगावे वाला लगाई आ तीन चौथाई पूंजी बैंक से करजा मिल जाई. डेयरी खोले वाला … Read more

 320 total views

लोकायुक्त के बहाली मामिला में यूपी सरकार के रवैया से उच्चतम न्यायालय नाराज

लोकायुक्त बहाली मामिला में उत्तर प्रदेश सरकार के रवैया पर गहीर नाराजगी जतावत कहलसि कि जबले कवनो बड़हन कारण नइखे मिलत तबले न्यायाधीश रह चुकल वीरेन्द्र सिंह के बहाली रद्द ना कइल जाई. अदालत के खण्डपीठ के कहना बा कि एक महीना पहिले के ओकर फैसला में कवनो बदलाव करे के कारण नइखे. जान लीं … Read more

 248 total views,  5 views today

देश में एक सौ नया रेडियो स्टेशन खोलल जाई

जल्दिए देश में आकाशवाणी के एक सौ नया केन्द्र खोलल जाई एह बात के एलान केन्द्र के सूचना एउर प्रसारण राज्य मंत्री राज्यवर्धन सिंह राठौर बुध का दिने मेरठ में आकाशवाणी के दस किलोवाट के एफएम ट्रांसमीटर के नेंव डलला का बाद समारोह के संबोधित करत घरी कहलन. कहलन कि आकाशवाणी हमेशा से स्वस्थ्य मनोरंजन … Read more

 230 total views,  5 views today

मंदिरन के तूड़े के आदेश

पटना उच्च न्यायालय के कार्यकारी मुख्य न्यायाधीश इकबाल अंसारी वैशाली के जिलाधिकारी अउर हाजीपुर नगर परिषद के कार्यपालक पदाधिकारी के आदेश दिहले बाड़न कि एक दिन का भितरे जिला के सड़क पर बनावल सगरी मंदिर के तूड़ गिरावस आ काल्हु बुध के एकर जानकारी अदालत के दे देसु.  220 total views

 220 total views

जदयू विधायक पर बदसलूकी के अछरंग

बिहार के सत्तारूढ़ गोल जदयू के एगो विधायक सरफराज आलम का खिलाफ राजधानी एक्सप्रेस ट्रेन में नई दिल्ली के एगो दंपति से बदसलूकी करे के केस दर्ज भइल बा. एगो यात्री इन्द्रपाल सिंह बेदी पटना रेल थाना में अररिया जिला के जोकीहाट के विधायक आ उनुका साथियन पर अछरंग लगवले बाड़न कि कटिहार से पटना … Read more

 261 total views

बिहार सरकार पेट्रोल डीजल पर वैट बढ़वलसि

बिहार सरकार पेट्रोल अउर डीजल पर लागे वाला वैट दस फीसदी बढ़ा दिहला बिया. अव हनी पर बीस फीसदी का जगहा तीस फीसदी वैट लागल करी.  300 total views

 300 total views

कानून के राज के नीतिशिया दावा का बावजूद लूटराज

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के दावा बा कि बिहार में कानून के राज कायम राखल जाई पर जमीनी हकीकत कुछ अउरे बा. काल्हु बिहार में दू जगहा से बीस लाख रूपिया लूट लीहल गइल. पश्चिम चंपारण के धनहा इलाका में सहवा मधुबनी मेन रोड प स्टेट बैंक का मधुबन शाखा ला कैश ले के … Read more

 318 total views

ब्लाक प्रमुख चुनाव के अधिसूचना जारी भइल

उत्तर प्रदेश में ब्लाक प्रमुख पद के चुनाव के अधिसूचना काल्हु जारी हो गइल. अब सगरी जिलन के जिलाधिकारी आजु अपना अपना जिला खाति अलग से अधिसूचना जारी करीहें. निर्वाचन आयोग के अधिसूचना का मुताबिक 5 फरवरी के सबेरे 11 बजे से उपरी बेरा 3 बजे ले नामांकन पत्र जमा कइल जा सकी. ओही दिने … Read more

 274 total views