Go to ...
RSS Feed

Archives for January 2016

विश्वविद्यालयन के काम आनलाइन करावे प जोर

बिहार के विश्वविद्यालयन के कुलाधिपति आ बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविन्द काल्हु राजभवन में आयोजित कुलपतियन के बइठक में एह बात प जोर डललन कि दाखिला, रिजल्ट, आ सर्टिफिकेट अउर डिग्रियन के वितरण में साफगोई ले आवे ला जरूरी बा कि एकरा के आनलाइन करावल जाव. साथही अकादमिक कार्यक्रमन के समय पर आ तय तारीख

बिहार से अपराध के खबर

बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत. शुक

पूर्वांचल से अपराध के खबर

बलिया के सिकन्दरपुर में एगो गहना दुकान में शनिचर रात सेन्ह मार के लाखों रुपिया के गहना आ 31 लाख रुपिया चोरा ले गइलें स चोर. सहतवार टीसन पर सियाल्दह एक्सप्रेस पर चढ़त घरी गिर पड़ला से बघांव के एगो नवही के मौत हो गइल. आजमगढ़ के हाफिजपुर का लगे मुबारकपुर के बम्हौर गांव के

रेल इंजन में आग

नयी दिल्ली से पटना जात सम्पर्क क्रांति एक्सप्रेस रेलगाड़ी के इंजन में काल्हु भोरे बिजली के शार्ट सर्किट से आग लाग गइल. आग देखते एकरा के मिर्जापुर जिला के अहिरौरा टीसन पर रोक दीहल गइल. दमकल बोलवा के आग पर काबू पावल गइल. इह बीच दोसर इंजन मंगवा के च्रेन के आगे भेजल गइल. एह

बलिया में मवेशी एम्बुलेंस

बलिया के सांसद (भाजपा) भरत सिंह अतवार का दिने जिला के मवेशी एम्बुलेंस के सौगात दिहलन. ई एम्बुलेंस सोनबरसा मवेशी अस्पताल पर मौजूद रही. एकर सेवा खातिर कवनो भाड़ ना लीहल जाई. एह मौका पर जिला मवेशी चिकित्साधिकारी बतवलन कि सोनबरसा आ लालगंज पर मवेशी डाक्टर के पोस्टिंग क दीहल गइल बा.

दुबहड़ कॉलेज छात्रसंघ के चुनाव

अतवार का दिने बलिया जिला के दुबहड़ में कमला देवी बाजोरिया कॉलेज छात्रसंघ के चुनाव करावल गइल. एह चुनाव में अध्यक्ष पद पर आकाश दुबे, उपाध्यक्ष पद पर धनंजय वर्मा आ महामंत्री पद पर अजीत कुमार के जीत मिलल. चुनाव का बाद कॉलेज में 25 जनवरी ले छुट्टी के एलान क दीहल गइल.

औंड़िहार-भटनी रेलमार्ग के विद्यूतीकरण आ दोहरीकरण

रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा काल्हु मऊ में पत्रकारन से बतियावत कहलन कि अगिला केन्द्रीय बजट में औंड़िहार-भटनी रेलमार्ग के विद्युतीकरण अउर दोहरीकरण के प्रस्ताव के मंजूरीं मिल जाई. इहो कहलन कि वाराणसी से औंड़िहार तक के विद्युतीकरण अउर दोहरीकरण के काम छह महीना का भीतर पूरा हो जाई. गाजीपुर से मऊ ले नया रेललाइन

यूपी में चलावल जाई लोहिया जनता बस

राज्य सरकार तय कइले बिया कि यूपी के सात गो महानगरन में लोहिया जनता बस सेवा के नाम से मिनी बस चलावल जाई. इह सेवा खातिर 237 गो बसन के इस्तेमाल होखी आ इकरा खातिर चौवन करोड़ सात लाख रूपिया खरच के मंजूरी दे दीहल गइल बा. इह महानगरन में योजना सफल रहल त दोसरो

ब्लाक प्रमुखन के चुनाव 28 जनवरी का दिने

यूपी राज्य निर्वाचन आयोग ब्लाक प्रमुख पद के चुनाव करावे के प्रस्ताव पंचायती राज विभाग के भेज दीहले बावे. अब पंचायती राज विभाग एह बारे में अधिसूचना जल्दिये जारी करी. यूपी के चौहत्तर जिलन में 819 गो ब्लाकन के प्रमुख पद खातिर राज्य निर्वाचन आयोग का तरफ से अधिसूचना 18 जनवरी के जारी होखी. ओकरा

माघ मेला खातिर प्रयाग टीसन पर ट्रेनन के ठहराव

इलाहाबाद के प्रयाग टीसन पर माघ मेला का दौरान 25 जनवरी से चार गो प्रमुख रेलगाड़ियन के ठहराव बना दीहल गइल बा. एह रेल गाड़ियन के नाम बा – कामायनी एक्सप्रेस, साकेत एक्सप्रेस, गोदान एक्सप्रेस अउर सारनाथ एक्सप्रेस.

भाई साहब ना लागी बाकिर लागल त फायदे फायदा

मोबाइल आ फोन सेवा देबे वाली कंपनी बीएसएनएल के सेवा अतना परेशान क देला कि लोग कह देला कि BSNL माने भाई साहब ना लागी. बाकिर एह कंपनी के सेवा देश के हर इलाका में मौजूद बा आ एहीसे एकर गाहको भरपूर बाड़ें. हालही में नया गाहक बनावे ला कंपनी का तरफ से अपना नया

मुखिया का घर का लगे बूथ ना बनी

बिहार राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि मौजूदा मुखिया का घर से सौ मीटर का भीतर में बूथ ना बनावल जाई. पंचायत चुनाव खातिर बने वाला बूथन के सूची 27 जनवरी के जगजाहिर क दीहल जाई. कवनो एक मकान में चार गो से अधिका बूथ ना रही. थाना भवन, अस्पताल भा धार्मिक महत्व के

बिहार बोर्ड के नकलचियन पर जुर्माना लगावल जाई

बिहार बोर्ड के मैट्रिक अउर इंटर परीक्षा में नकल करत पकड़इला पर नकलची पर दू हजार से बीस हजार ले जुरमाना लगावल जाई आ ओकरा के इम्तिहान से निकालियो दीहल जाई. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के अध्यक्ष लालकेश्वर प्रसाद सिंह के कहना बा कि नकल रोके ला सगरी इन्तजाम कइल जा रहल बा. अगर कवनो

पटना मेट्रो के योजना के मान लिहलसि वित्त विभाग

बिहार के राजधानी पटना में मेट्रो के प्रस्तावित योजना के बिहार के वित्त विभाग मंजूरी दे दिहलसि. अब एकरा के कैबिनेट के बैठक में राखत जाई आ ओहिजा से मंजूरी मिलला का बाद एह योजना के केन्द्र का लगे भेजत जाई. पटना मेट्रो पर करीब तीस हजार करोड़ खरचा होखे के हिसाब लगावल गइल बा.

दसवां सिख गुरु गुरु गोविन्द सिंहजी के 349वां प्रकाशोत्सव आजु

सिख धर्म के दसवां गुरू गुरूगोविंद सिंहजी महाराज के 349वां प्रकाशोत्सव के मुख्य समारोह आजु पटना साहिब के हरमंदिर साहिब गुरूद्वारा के तख्त साहिब में होखत बा. एह समारोह में शामिल होखे ला देश विदेश से बहुते श्रद्धालु पटना पहुंचत बाड़ें. आकाशवाणी के पटना केन्द्र से एकर सीधा प्रसारण कइल जा रहल बा.

स्वर्ण बॉण्ड योजना अगिला हप्ता पांच दिन ला

सोना के खपत आ मांग कम करे खातिर शुरु कइल स्वर्ण बॉण्ड योजना अगिला हप्ता पांच दिन ला खोलल जाई. पिछला बेर एहमें लोग 246 करोड़ रुपिया लगवले रहुवे. एह योजना में हर आदमी आधा किलो सोना के दाम के बरोबर रुपिया पाँच से सात बरीस खातिर लगा सकी. एह में रुपिया लगावे खातिर 18

केन्द्र सरकार अब पैंसठ अरब बचा ली लुटेरन से

केन्द्र सरकार आधार कार्ड का जरिए सब्सिडी के रुपिया सीधे खाता में भेजल शुरु क दिहले बिया जवना चलते एकर लूट बंद हो गइल बा. विश्व बैंक हिसाब लगवले बावे कि एह तरीका से भारत सरकार हर साल करीब पैंसठ अरब रुपिया बचा लीहल करी जवना के बाद में बेहतर इस्तेमाल कइल जा सकी. वाशिंगटन

मोकामा पुल 17 तारीख के बन्द रही

पटना के बेगूसराय से जोड़े वाला मोकामा पुल राजेन्द्र सेतु के सड़क मार्ग पर मरम्मत के काम का चलते 17 जनवरी के सगरी गाड़ियन ला बंद रही. बाकिर बेगूसराय के जिलाधिकारी के कहना बा कि सिमरिया घाट ओर जाए वाला गाड़ियन पर कवनो रोक ना रही.

गया से हज के उड़ान 4 अगस्त से

बिहार के हज यात्रियल तो हज यात्रा के उड़ान चार अगस्त से शुरू होखी आ हाजी लोग गया से सीधे मदीना जा सकी. लवटान जेद्दा से होखी. बिहार के अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री अब्दुल गफूर काल्हु पटना के हज भवन से हज यात्रियल के दरखास्त जमा करावे के अभियान के शुरूआत करवलन. बतनलव कि आठ फरवरी

खिचड़ी 15 जनवरी के

काशी के विद्वान पंडितन का बीच एह बात पर एका हो गइल बा कि खिचड़ी 15 जनवरी के मनावल जाई. पिछला कुछेक साल से एह बारे में एका ना बन पावत रहे जवना चलते कतहीं 14 के त कतहीं 15 तारीख के खिचड़ी मनावत रहे लोग आ एह चलते विद्वत समाज के किरकिरी होखत रहुवे.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts