web analytics

जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव 7 तारीख के

यूपी में करीब आधा जगहा के जिला पंचायत अध्यक्षन के निर्विरोध चुनाव का बाद अब बाकी बाचल जगहा पर 7 तारीख के चुनाव करावल जाई. हालांकि अबहीं नाम वापसी के समय बाकी बा आ कुछ अउरियो जिला पंचायत अध्यक्षन के चुनाव निर्विरोध होखे के उमेद बाकी बा. आजु साँझ ले सगरी बात साफ हो जाई. … Read more

 169 total views

शिया धर्म गुरु के फाँसी दे दिहलसि सउदी अरब

सउदी अरब में शिया समुदाय के धर्म गुरु शेख निम्र अल-निम्र के काल्हु 47 गो अउरी लोगन का साथही फांसी दे दीहल गइल. ईरान में शिया सुन्नी मतभेद रहेला आ बहुमत में होखला का बावजूद ओहिजा सुन्नी लोग के राज बा आ शिया लोग अपना हक खातिर लड़त रहेला. शेख निम्र साल 2011 में भइल … Read more

 198 total views

एबी वर्धन के निधन

भाकपा नेता ए बी वर्धन के काल्हु अस्पताल में निधन हो गइल. उनुका के कुछ दिन पहिले लकवा मरला का बाद भरती करावल गइल रहुवे. भारत में मजदूर आंदोलन अउर वामप‍ंथी राजनीति के अगिला कतार के नेता लोगन में शामिल ए.बी. बर्धन के निधन पर हर राजनीतिक गोल का तरफ से श्रद्धांजलि दीहल गइल बा. … Read more

 250 total views

बिहार से खबर संक्षेप में

बिहार राजद के अध्यक्ष बनीहें रामचन्द्र पूर्वे. एह पद खातिर काल्हु ई आपन परचा दाखिल क दिहलन जबकि दोसर केहु परचा दाखिल नइखे कइले. भोजपुर जिला से पुलिस पांच हजार के ईनामी नक्सली नंदजी यादव के गिरफ्तार क लिहलसि. पश्चिम चंपारण जिला के रक्सौल का नियरा बिना वीजा भारत में घुसत दू गो चीनी नागरिकन … Read more

 377 total views

तीन साल का भीतरे हर परिवार के गैस सिलिण्डर

केन्द्र सरकार के कहना बा कि साल 2018 ले देश के हर परिवार का लगे गैस कनेक्शन हो जाई. साल 2016 के ‘एलपीजी उपभोक्ताओं का साल’ घोषित कइले बिया सरकार. सरकार के योजना बा कि बिल भुगतान आनलाइन होखे लागो आ गैस सिलिण्डर पारदर्शी होखो जेहसे खरीदे वाला के पता लाग जाव कि ओह में … Read more

 345 total views

33 जिला पंचायतन पर सपा के दबदबा

काल्हु जिला पंचायत अध्यक्ष पद खातिर परचा दाखिला का साथही पता चल गइल कि यूपी के 33 गो जिला पंचायत पर अकेले सपे के उमीदवार परचा दाखिल कइले बाड़न आ एह लोग के चुनाइल तय बा. बाकी 41 गो जिला में बसपा भा भाजपा के उमीदवारन के परचा दाखिला कइला का चलते ओहिजा चुनाव करावे … Read more

 288 total views

अपराध आ हादसा के खबर पूर्वांचल से

बलिया टीसन पर शुक का दिने प्लेटफार्म संख्या 2 पर एगो अधेड़ के मौत पाला से ठिठुर के हो गइल. बतावल जात बा कि बियफे साँझे से ओकर लाश प्लेटफार्म पर पड़ल रहुवे बाकिर केहु ओहपर धेयान ना दीहल. आवत जात लोग ओकरा के सूतल सोच आगे बढ़ जात रहुवे. बाकिर शुक का दिन में … Read more

 274 total views,  5 views today