Archives for February 2016
बिहार विधान मंडल के बजट सत्र आजु से शुरू होखी आ 4 अप्रेल ले चलावल जाई. आजु पहिला दिने राज्यपाल रामनाथ कोविंद दुनू सदन के संयुक्त बइठक के संबोधित क के एकर शुरूआत करइहें. भाजपा के नेतृत्व वाला विपक्ष कानून व्यवस्था, किसानी के समस्या आ अउरियो मुद्दन पर आपन आवाज उठाई. आम बजट 26 फरवरी
बिहार कर्मचारी चयन आयोग 7 हजार एएनएम के बहाली करे जात बा. एकर विज्ञापन आयोग के साइट प देखल जा सकेला. आवेदन करे के आखिरी तारीख बा 15 मार्च. हर जिला के सिविल सर्जन का अधीन खाली पदन पर ई बहाली होखीहें सँ. आवेदक के कवनो मान्यता मिलल संस्थान से भारतीय नर्सिंग परिषद से तय
31 मार्च 2001 आ ओकरा पहिले से दैनिक मजूरी भा संविदा पर काम करत आवच 25 हजार कर्मचारियन के अब यूपी सरकार आपन नियमित कर्मचारी मान लिहले बिया. एकर शासनादेश जारी करत एगो पेंचो फँसवले बिया सरकार कि ओही लोगन के नियमित कइल जाई जे बहाली के बेरा जरुरी योग्यता राखत रहुवे. ओने एगो अउर
यूपी के मुख्य सचिव रहल नीरा यादव आ बड़का आईएएस अधिकारी राजीव कुमार के अपील इलाहाबाद हाई कोर्ट खारिज क दिहलसि आ अब एह लोग के जेल जाए के अनेसा बढ़ गइल बा. जान लीं कि एह दुनू जने का खिलाफ भठियरपन के अछरंग सही साबित हो चुकल बा आ एह भठियारन के सीबीआई के
देश में दिनो दिन बढ़ल जात आनलाइन बिजनेसन से परेशान कारोबारियन का लिस्ट में अब दवाईओ बेचे वाला आ गइल बाड़ें काहे कि देश में दवाईयन के आनलाइल बिक्री बढ़ल जात बा आ बरीसन से दुकान खोल के एह धंधा में लागल कारोबारियन के कारोबार बिगड़ल जात बा. यूपी के दवा कारोबारी अब आनलाइन दवा
साल 1993 में मुंबई के आतंकी बम धमाका काण्ड में गैरकानूनी हथियार राखे वाला अपराधी संजय दत्त आज जेल से छूट गइल. समरथ के नहीं दोष गुसाईं वाला अन्दाज में संजय दत्त के बारबार जेल से पेरोल प निकल के बाहर रहे के मौका दीहल जात रहे आ आखिरो में ओकरा के लगभग आठ महीना
बिहार में पंचायत चुनाव के अधिसूचना 28 फरवरी के जारी करे के अनुशंसा राज्य निर्वाचन आयोग का तरफ से पंचायती राज विभाग के भेज दीहल गइल बा. अब चुनाव कार्यक्रम पर मंत्रिमंडल से मंजूरी मिलला का बाद राज्यपाल से अनुमोदन ले के अधिसूचना जारी कइल जाई. पंचायत चुनाव में पद के आरक्षण के सूची तइयार
गाजीपुर जिला के ताड़ीघाट टीसन से होखत मऊ जिला ले रेल लाइन बिछावे के परियोजना नीति आयोग मंजूर क लिहले बा. 1004 करोड़ रूपिया के परियोजना पर जल्दिये काम शुरू हो जाई. रेल विकास निगम के सी.एम.डी. सतीश अग्निहोत्री एह बात के जानकारी देत कहलन कि एकरा प गंगा नदी रेल पुल आ ओकरा ऊपर
पीएम मोदी काल्हु रात वाराणसी पहुंचले आ बाबतपुर हवाईअड्डा से सीधे डी.एल.डब्लू. के गेस्ट हाउस जा के ओहिजे रात्रि विश्राम कइलन. आजु ऊ वाराणसी के सीर गोवर्धन में संत रविदास का जन्मस्थली पर बनावल मंदिर में माथा टेकीहें. ओकरा बाद काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के शताब्दी बरीस के दीक्षान्त समारोह के संबोधित करीहें. विश्वविद्यालय उनुका के
आजु अतवार का दिने पूरा दुनिया माईभासा दिवस मनावल त भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता के सवाल उठावत कई जगहा धरना प्रदर्शन आ विचार गोष्ठियन के आयोजनो भइल. सबेरे दस बजे से साँझ ले दिल्ली के जंतर मंतर पर भोजपुरी के कईएक संगठन – भोजपुरी लैंग्वेज रिकग्निशन मूवमेंट के अगुआई में डिफेंडर, हमारा पूर्वांचल, लाल
बिहार आ पश्चिम बंगाल का बीच आजु दुनू राज्यन के परिवहन सचिवन का बीच एगो करार पर दस्तखत भइल जवना का बाद दुनू राज्य का बीच नौ सौ से अधिका बस चलावल जइहें सँ. एकरा ला 45 गो रुट चुनल गइल बा. छपरा से सिलिगुड़ी, सासाराम से कोलकाता, आ मोतिहारी से सिलिगुड़ी, पटना से दुर्गापुर
पीएम मोदी आजु छतीसगढ़ के कुर्रुभात में डाक्टर श्यामा प्रसाद मुखर्जी राष्ट्रीय ग्रामीण शहरी मिशन के शुरूआत करत कहलन कि उनकर सरकार देश के आधारभूत संरचना के बढ़न्ती में लागल बिया. आशा जतवलन कि साल 2022 ले देश के हर परिवार का लगे आपन घर हो जाई.
हरियाणा में चलत जाट आरक्षण आन्दोलन का चलते बिहारो से चले वाली तीन गो ट्रेन के रद्द करे पड़ल बा. पूर्व मध्य रेलवे के चीफ पीआरओ बतवले बाड़न कि सोमार का दिने सहरसा अमृतसर गरीबरथ आ मुजफ्फरपुर पोरबंदर एक्सप्रेस के ना चलावल जाई. मंगल का दिने जयनगर से अमृतसर जाएवाली सरयू यमुना एक्सप्रेसो ना चली.
कैमूर जिला में शिक्षक नियोजन से जुड़ल 28 गो नियोजन इकाई 15 फरवरी ले नियोजन फोल्जर जमा नइखी करइले सँ. एह से अब एहनी प केस दर्ज करावे के फैसला लीहल गइल बा. पश्चिम चम्पारण जिला के लोकरिया इलाका के गोवहरिहा गांव का लगे एगो बस पलटला का चलते एसएसबी के 20 गो जवान घवाहिल
आंगनबाड़ी सेविका आ सहायिका पद खातिर बहाली ला एम.ए., बी.ए. वगैरह उच्च शिक्षा से जुड़ल डिग्रीयन पर कवनो बोनस अंक ना दीहल जाई. एह काम ला बस मैट्रिके के प्रमाण पत्र के देखल मानर जाई. आंगबाड़ी केन्द्रों के बंद मिलला पर, बच्चन के गिनिती में कमी अइला प आ पोषाहार के गुणवत्ता खाति सेविका अउर
भाजपा नेता विशेश्वर ओझा के हत्याकांड का मामिला में भोजपुर जिला के स्थानीय अदालत गो फरार अछरंगियन का घरे कुर्की जब्ती करे के आदेश दिहले बिया. काल्हु एगो अछरंगी उमाकांत मिश्र अपर न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत में सरेंडर कर दिहलसि. अबले दू जने सरेंडर क चुकल बाड़ें आ एगो के पुलिस ध चुकल बिया. ओने
दीघा पुल पर चले वाली सगरी गाड़ियन के टाइम आजु से बदल गइल बा. सीपीआरओ अरविंद कुमार रजक एकर जानकारी देत बतवलन कि तकनीकी कारणन से अइसह कइल गइल बा.
यूपी में डाक्टरन के कमी देखत सरकार के फैसला बा कि राज्य में एमबीबीएस कोर्स में दाखिला के 1740 सीट बढ़ावल जाई. सरकार चिकित्सा विभाग के एह दिसाईं सगरी इन्तजाम तेजी से करे के निर्देश दे दिहले बिया. एह काम खातिर पहिले से मौजूद 13 गो मेडिकल कॉलेजन का अलावे जौनपुर, चंदौली आ नजीबाबाद में
बलिया सिकन्दरपुर रोड पर बोड़िया गांव का लगे एगो स्कूल बस आ आल्टो के टक्कर में पाँच जने घवाहिल हो गइलें. आल्टो पर कैथवली गाँव के एगो परिवार सवार रहुवे. चंदौली के सैयदराजा इलाका के नौबतपुर गांव का लगे काल्हु शुक का सबेरे रेल लाइन पार करत घरी एगो लड़िका के मौत ट्रेन से कटा
जलाने विश्वविद्यालय में देश के गरियावे-सरापेवालन का तरफदारी में काल्हु बिहार में कई जगहा रेल रोकल गइल. बिहार सरकार, ओकर मुख्यमंत्री ह, आ राजद मुखिया के पीठ पीछे से मिलत समर्थन का चलते बवालियन के बेंवत बहुते बढ़ल लउकल. अपना विरोधियन के हत्या करा देबे वासा महागोल के सरकार देश के बरबाद करे करावे के
Older Posts››