वाराणसी के सर सुन्दरलाल अस्पताल में छूतहा इंजेक्शन लगला का बाद सात जने के एक आँख के रोशनी चल गइल.
बतावल जात बा कि साढ़े तेइस हजार रुपिया में एगो खास दुकान से खरीदवा के मँगावल एके वायल से एह सभके इंजेक्शन लगावल गइल रहे. डाक्टर के कहना बा कि एके आदमी के लागे वाला वायल बीस हजार रुपिया में आवेला. एही चलते जब पूरा लोग आ जाला त मल्टी डोज वायल मंगवा के ओकरे से दीहल जाला. पता ना साँच कि झूठ बाकिर हर इंजेक्शन पर निकहा कमीशन मिल जाला डाक्टर लोग के.
थाना में एकर केस लिखवला का बाद एह लोग के छूत के काट करे वाला इजेक्शन लगावल गइल बा आ डाक्टरन के कहना बा कि आँख के रोशनी जल्दिए वापिस आ जाई.
315 total views, 2 views today