काल्हु लखनऊ राजभवन में जस्टिस संजय मिश्र के यूपी लोकायुक्त पद के किरिया धरा दिहल गइल. यूपी सरकार के मन रहे कि ओकरा मन माफिक लोकायुक्त मिल जाव.
ओकरा झापस पट्टी में आ के सुप्रीम कोर्ट जस्टिस वीरेन्द्र सिंह के लोकायुक्त बना दिहले रहुवे. बाकिर जब असलियत के जानकारी मिलल त ओह फैसला के रद्द क के जस्टिस संजय मिश्र के लोकायुक्त बना दिहलसि. काल्हु उनुका के किरियो धरा दीहल गइल.
किरिया धराई का मौका पर सीएम अखिलेश यादव राज्यपाल का संगही अइलन. एह समारोह में पिछलका लोकायुक्त एन के मेहरोत्रा, मुख्य सचिव आलोक रंजन वगैरह अनेके बड़का अधिकारीओ मौजूद रहलें.
89 total views, 1 views today