उत्तर आ दक्खिन बिहार के जोड़े वाला दीघा रेल पुल पर आजु से ट्रेन के नियमित आवाजाही होखे लागी. पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक ए. के. मित्तल पहिला चरण में पाटलिपुत्र जंक्शन से सोनपुर का बीच चले वाली सवारी गाड़ी के हरियर झंडी देखा के रवाना करइहें.
बतावल जात बा कि एह पुल से जल्दिए सात जोड़ी रेलगाड़ियन के चलावल जाई. पाटलिपुत्र जंक्शन से सोनपुर का अलावा नरकटियागंज, बरौनी, मुजफ्फरपुर अउर हाजीपुर ला गाड़ी चलावल जाई. एगो इंटरसिटी एक्सप्रेस आ छह गो सवारी गाड़ियन के चलावे के तइयारी होखत बा.
254 total views, 5 views today