web analytics

दुर्घटना आ अपराध के खबर

बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल

बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के तारे ध लिहलसि. एह हाई टेंशन तार के करंट से ओकर ओहिजे मौत हो गइल. मजदूर फरहदा गाँव के रहुवे.

बलिया के सहतवार इलाका के रजौली गाँव के एगो आशिक मिजाज आदमी के पड़ोस के गाँव के एगो आदमी गड़ाँसा से काट दिहलसि काहे कि ओकरा छोट नाबालिग बहिन से ऊ बदमाश दुराचार करे के कोशिश कइले रहुवे.

मिर्जापुर के कछवाँ इलाका के बंधवा पाल बस्ती में सोमार का सबेरे एगो नवही अपना बड़ भाई के डाँट से नाराज हो के फाँसी लगा लिहलसि.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पुछरी बाजार में काल्हु दिन दहाड़े कुछ अपराधी गोली मारके एगो सीमेंट व्यवसायी के घाहिल क दिहले. उनुका के पीएमसीएच में भर्ती करावल गइल बा.

औरंगाबाद जिला के मदनपुर इलाका के महुआवा गांव में जंगली हाथियन के झुण्ड एगो लईका के पटक के मुआ दिहले सँ.

भोजपुर जिला के आरा में पुलिस गैरकानूनी हथियार बनावे वाला गिरोह के एगो आदमी के गिरफ्तार करत ओकरा लगे से तीन गो पिस्तौल आ 36 गो अउरी सामान बरामद कइलसि.

कैमूर जिला के भभुआ इलाका के सिकठी गाँव के एगो नवही के काल्हु सबेरे गोली मार के हत्या का बाद खिसियाइल लोग पुलिस दल पर हमला क दिहल. एह हमला से मोहनिया के पुलिस उपाधीक्षक समेत चार गो सिपाही घाहिल हो गइलें.
हालात काबू करे ला पुलिस के लाठी चार्ज आ फायरिंग करे पड़ गइल. एह मामिला के मुख्य आरोपी एहशाहमुद्दीन समेत ग्यारह जने के गिरफ्तार कइल गइल बा. इलाका में तनाव का चलते मोहनियां अनुमंडल में निषेधाज्ञा लागू क दीहल बा.

बक्सर जिला के डुमराव इलाका के सरौंधा पुल पर कुछ अपराधी काल्हु एगो आदमी से बैंक में जमा करावे खातिर ले जात साढ़े चार लाख रूपिया लूट लिहले सँ.

 493 total views,  2 views today

%d bloggers like this: