इलाहाबाद में गंगा, यमुना आ पौराणिक सरस्वती नदियन के संगम पर चलत माघ मेला के मुख्य नहान आजु मौनी अमावस के चलत बा.
लाखों श्रद्धालु मेला क्षेत्र में पहुंच के नहान में शामिल होखत बाड़ें. लाखों लोग नदी तालाब ना जा के घरहीं में श्रद्धा से नहान के परंपरा निभा लेत बाड़ें.
एही में मेला क्षेत्र के परेड ग्राउण्ड में काल्हु सँझिया एगो गाछ गिर पड़ल जवना चलते डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
212 total views, 5 views today