यूपी में वकीलन के हड़ताल
February 11, 2016
लखनऊ में काल्हु वकीलन पर भइल लाठीचार्ज का खिलाफ आजु यूपी का कई दो जिलन में वकील हड़ताल पर रहलें. ई लोग इलाहाबाद उच्च न्यायालय में जनहित याचिका दायर क के लखनऊ के जिलाधिकारी अउर वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक के ससपेन्ड करे के अरजी लगवले बाड़ें.
बियफे का दिने यूपी विधानसभो में एह मामिला के उठावल गइल. एह पर संसदीय कार्यमंत्री मोहम्मद आजम एह वाकया के दुर्भाग्यपूर्ण बतावत कहलन कि दुख के बात बा कि जिनका प कानून के रखवाली बादे उहे लोग कानून तूड़त बा.