web analytics

लांसनायक हनुमंतप्पा क आजु बियफे का दुहरिया में बेरा गंगालाभ हो गइल

सियाचिन में छह दिन ले बरफ में दबाइल रहला का बादो जिन्दा मिलल बहादुर जवान लांसनायक हनुमंतप्पा क आजु बियफे का दुहरिया में बेरा गंगालाभ हो गइला से देश भर में दुख के लहर पसर गइल. सभे एह बहादुर जवान के आपन सरधांजलि दिहले बा.
बरफ में जिन्दा मिलला का बादो लांसनायक हनुमंतप्पा कोमा में रहलन आ उनुका के बचा लेबे के सगरी जुगत बेकार हो गइल. आ इहो साँच बा कि अगर बाँच जइतन त मेडिकल साइंस में एकरा के दुर्लभतम घटना मानल जाइत.

 330 total views,  5 views today

%d bloggers like this: