web analytics

उमिरदराज थानेदारन के लाईन हाजिर करा दीहल गइल

बलिया के पांच गो थानेदारन के काल्हु लाइन हाजिर करा दीहल गइल काहेकि एहलोगन के उमिर 58 पार हो गइल बा। यूपी के नयका डीजीपी जावीद अहमद के आदेश बा कि उमिरदराजन के थानेदारी के बोझा मत दीहल जाव।
बलिया में लाइन हाजिर करा दीहल एह थानेदरन में शहर कोतवाल इल्ताफ हुसैन, नगरा के टी पी सिंह, चितबड़ागांव के जे बी सिंह, बांसडीह के वशिष्ठ दूबे, अउर दुबहड़ के ओ पी श्रीवास्तव शामिल बाड़े।

 256 total views,  5 views today

%d bloggers like this: