web analytics

बिहार में बहार बा, फेर से नीतीशे कुमार बा

आजु बिहार भाजपा के उपाध्यक्ष विशेश्वर ओझा के आरा में गोली मार के खून क दीहल गइल। बिहार में जबसे नीतीश कुमार के कानून के राज आइल बा तबसे अपराधियन के बहार मिल गइल बा। आ नीतीश कुमार के कहना बा कि बिहार में कानून के राज चलत बा। अलग बात बा कि बुझात नइखे कि कवना कानून के। शायद ई जंगल के कानून के राज चलत बा।
बतावल जात बा कि विशेश्वर ओझा अपना साथियन संगे सोनबरसा बाज़ार गइल रहलन जहां उनुका प गोली के बौछार क के मुआ दीहल गइल।

 370 total views,  5 views today

%d bloggers like this: