Go to ...
RSS Feed

सारण तरैया के भाजपा नेता केदार सिंह के हत्या


सारण जिला के तरैया इलाका में काल्हु रात एगो भाजपा नेता केदार सिंह के गोली मर के मुआ दीहल गइल। ओह बेरा ऊ अपना बहिन किहां मशरख बंगरा से लवटत रहलें जब पहिले से घात लगा के बईठल अपराधी गण्डार पुल का नियरा गोली मार दिहलें।
खून से लथपथ लाश देख पहिले त लोग सोचल कि हादसा में मौत भइल बा बाकिर पुलिस चहुँपल त पूरा बात पता चलल। लाश पर गोली के निशान रहुवे आ मौकाए वारदात पर दू गो खाली खोखो मिलली सन।

Tags: ,

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: