मुसलमानन आ उर्दू खातिर खजाना खोल दीहलें अखिलेश
February 13, 2016
चुनाव से पहिले के अपना आखिरी बजट में यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव काल्हु सरकार के खजाना से आपन वोट बैंक पोढ़ करे ला अनेके योजना के एलान कइलन।
मुसलमानन आ उर्दू ला भरपूर खरचो करे के एलान कइलन अखिलेश। एह काम ला 1492 करोड़ रुपिया दीहल बा बजट में।
काल्हु बजट में बलिया में विश्वविद्यालय खोले आ बलिया लखनऊ एक्सप्रेसवे ला ख़रचा के इंतजामो कइल गइल बा।
बजट पेश करत अखिलेश शयरीओ सुनवलन। कहलन कि –
जबसे पतवारों ने मेरी नाव को धोखा दिया,
में भंवर में तैरने का हौसला रखने लगा।