केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह काल्हु कहलन कि दिल्ली के जलाने विश्वविद्यालय में पिछला दिने भइल बवाल के पीछे पाकिस्तान के लश्कर-ए-तैयबा प्रमुख हाफिज सईद के समर्थन हासिल रहुवे. कहलन कि सरकार एह तरह के देश विरोधी गतिविधि बरदाश्त ना करी आ भारत विरोधी नारा लगावे वालन के बख्शल ना जाई.
राजनाथ सिंह पश्चिम बंगाल के राज्यपाल केसरी नाथ त्रिपाठी के इलाहाबाद वाला मकान प जा के उनुका पत्नी के स्वर्गवास पर सांत्वना दिहलन.
ओने देवरिया में केन्द्रीय सूक्ष्म, लघु आ मध्यम उद्योग मंत्री कलराज मिश्र कहलन कि देश विरोधी नारेबाजी करे वालन का खिलाफ सभे के एकजुट होखे के पड़ी. कहलन कि जलाने मामिला में कॉग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बयान देश के महौल खराब करत बा.
361 total views, 5 views today