web analytics

अपराध आ हादसा के खबर

यूपी के बड़का भठियारन में गिनाए वाला नोएडा के चीफ इंजीनियर रहल यादव सिंह के फेरू दू दिन के रिमांड पर दिहल गइल बा. बसपा आ सपा दुनू सरकारन के दुलरुआ रहल यादव सिंह पर करोड़ों के घोटाला करे के आरोप बा.

11 फरवरी से गायब बलिया के पकड़ी इलाका के वीरपुर गाँव के दस बरीस के लड़िकी के लाश गाँवे के एगो खेत से काल्हु बरामद भइल. ओकरा गायब भइला के शिकायत थाना में लिखावल रहे बाकि पुलिस से कुछ भइल ना. अब लाश मिलला का बाद मामिला के सुराग खोजे में लागल बिया पुलिस.

मिर्जापुर जिला के गलरा गाँव के नहर का नियरा वरडीहा कला गाँव के एगो नवही के ओकरे ससुर नटी टेंप के मुआ दिहलसि. ई नवही ओकरा बेटी के अपना इश्क में बझा के बिआह क लिहले रहुवे जवना चलते ऊ नाराज रहुवे.

जौनपुर के मड़ियाहू इलाका में अतवार के रात बाइक से जात टीडी कॉलेज के एगो छात्र के मौत सड़क हादसा में हो गइल. कवना गाड़ी से भा कइसे धक्का लागल से केहू के मालूम नइखे.

यूपी मुख्यमंत्री का डेरा का नियरे चिड़ियाखाना का पीछे से बहे वाला नाला से एगारहवीं में पढ़ेवाली जौनपुर के एगो लड़िकी के लाश मिलल. ई लड़िकी 10 फरवरी से लापता रहुवे. घरवाले दुराचार का बाद हत्या के अनेसा जतवले बाड़न.

सीवान जिला के गोरेयाकोठी इलाका के अफराद बाजार का लगे ओवर लोडेड वाहनन के जांच करत टीम पर जदयू विधान पार्षद के बेटा हमला क दिहले सँ आ गार्ड से रायफल छीने के कोशिशो कइले सँ आ ओकरा के पीटपाट के घवाहिल क गिहले सँ.

 420 total views,  5 views today

%d bloggers like this: