छपरा न्यूज, 20 फरवरी 2016
February 20, 2016
कैमूर जिला में शिक्षक नियोजन से जुड़ल 28 गो नियोजन इकाई 15 फरवरी ले नियोजन फोल्जर जमा नइखी करइले सँ. एह से अब एहनी प केस दर्ज करावे के फैसला लीहल गइल बा.
पश्चिम चम्पारण जिला के लोकरिया इलाका के गोवहरिहा गांव का लगे एगो बस पलटला का चलते
एसएसबी के 20 गो जवान घवाहिल हो गइलें. एहमें से 4 गो के हालत अधिका खराब बा.
सासाराम जिला के बिक्रमगंज में कालीस्थान का लगे कुछ बदमाश एगो सब्जी व्यवसायी के खून क दिहले.