हरियाणा में चलत जाट आरक्षण आन्दोलन का चलते बिहारो से चले वाली तीन गो ट्रेन के रद्द करे पड़ल बा.
पूर्व मध्य रेलवे के चीफ पीआरओ बतवले बाड़न कि सोमार का दिने सहरसा अमृतसर गरीबरथ आ मुजफ्फरपुर पोरबंदर एक्सप्रेस के ना चलावल जाई. मंगल का दिने जयनगर से अमृतसर जाएवाली सरयू यमुना एक्सप्रेसो ना चली.
ओने पश्चिम बंगाल के कूचबिहार में रेल रोको आन्दोलन का चलते पटना गुवाहाटी कैपिटल एक्सप्रेस के ना चलावल जाई.
285 total views, 5 views today