web analytics

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के वाराणसी

पीएम मोदी काल्हु रात वाराणसी पहुंचले आ बाबतपुर हवाईअड्डा से सीधे डी.एल.डब्लू. के गेस्ट हाउस जा के ओहिजे रात्रि विश्राम कइलन. आजु ऊ वाराणसी के सीर गोवर्धन में संत रविदास का जन्मस्थली पर बनावल मंदिर में माथा टेकीहें. ओकरा बाद काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के शताब्दी बरीस के दीक्षान्त समारोह के संबोधित करीहें.
विश्वविद्यालय उनुका के डाक्टरेट के मानद उपाधि देबे वाला रहुवे बाकिर पीएम मना क दिहलें. ऊ पहिलहीं एह तरह के उपाधि ना लेबे के एलान क चुकल बाड़ें.
लोकसभा चुनाव का बाद से पीएम के ई छठवां दौरा ह अपना संसदीय क्षेत्र के.

 340 total views,  5 views today

%d bloggers like this: