देश में दिनो दिन बढ़ल जात आनलाइन बिजनेसन से परेशान कारोबारियन का लिस्ट में अब दवाईओ बेचे वाला आ गइल बाड़ें काहे कि देश में दवाईयन के आनलाइल बिक्री बढ़ल जात बा आ बरीसन से दुकान खोल के एह धंधा में लागल कारोबारियन के कारोबार बिगड़ल जात बा.
यूपी के दवा कारोबारी अब आनलाइन दवा बिक्री के विरोध करत 28 फरवरी के आपन कारोबार बंद रखीहें. एह लोग के कहना बा कि आनलाइन दवाई बिक्री गैरकानूनी होखला का साथही मरीजनो ला नुकसेनदेह बा काहे कि तब लोग ठीक हो गइला का बाद बाचल दवाईयन के लवटा ना पाई.
286 total views, 5 views today