यूपी के मुख्य सचिव रहल नीरा यादव आ बड़का आईएएस अधिकारी राजीव कुमार के अपील इलाहाबाद हाई कोर्ट खारिज क दिहलसि आ अब एह लोग के जेल जाए के अनेसा बढ़ गइल बा.
जान लीं कि एह दुनू जने का खिलाफ भठियरपन के अछरंग सही साबित हो चुकल बा आ एह भठियारन के सीबीआई के विशेष अदालत से तीन तीन बरीस के जेल भुगते के सजा सुनावल जा चुकल बा.
बरीस 2012 में सजा सुनवला का बादो दुनू जने अदालत में अपील क के अब ले बाहरे मजा काटत बाड़ें. इहे सब देख के लागेला कि गरीब आदमी के छोटो अपराध में जेल जाए के पड़ जाला आ धनपशुवन के मोटो अपराध में सजा ना मिल पावे काहे कि एहनी का लगे धन का ताकत पर कानूनी पेंच फँसावत रहे के जोगाड़ लागत रहेला.
380 total views, 2 views today